2022 / 02 - DIRECT BHOJPUR SE FOR 9th JAN, 2022

लाइफ में बुराइ भी रहेला भाई लोगज़िन्दगी कवनों चाय थोड़ी ही हिय जे हर वक्त निमन ही लागी

आज साल 2022 के पहिला महिना के दोसरा एतवार ह... कहे के मतलब ई कि... अभी साल एकदम ब्रांड न्यू बाटे... नया साल के मतलब कि सब कुछ नया होखे के चाहीं... अब ई देश के नया प्रधानमंत्री कब मिली ई त वोट बाबा ही जनीहें... खैर! साल 2024 के बात हम तब करब... अभी त 2022 शुरू ही भायील बाटे| 


आज एगो पर्सनल बात से बात शुरू कर रहल बानी
| हमरा शेर ओ शायरी के तनिका शौक बाटे... अब ई शौक कहाँ से आईल ह ई हम ना कहे सकब... खैर! बात हम कर रहल बानी शेर ओ शायरी के... बात ई ह कि कबहौं हम लिख लेनी त कब हौं एने ओने से जुगाड़ कई के महफिल में सुना देनी... ई साल हम तय कयीले बानी कि जवन भी हो जाए अब से जुगाड़ वाली शायरी ना सुनायीब| 

फिलहाल खाती इहे प्लान बाटे... आ वोइसे भी जनवरी के महिना जइसही आवेला... दिमाग में प्लानिंग चालू हो जाला| ई साल खाती हम काफी प्लान बनवले बानी| एगो प्लान हमार इहो बाटे कि हमरा आपन वज़न कम करे के बाटे| अब कसरत ज़्यादा कई के होखी ना खान पान प कंट्रोल कई के... इहे देखे के बाटे| 

साल 2022 खाती एगो प्लान हमार इहो बाटे कि जयीसे भी होखे हमरा 12 गो बड़ नेता के नजदीक पहुंचे पड़ीदोस्ती करे पड़ी... अब देखीं एमे लजाए के कवनों बात नयीखे... नेता मंत्री के जे भी करीब रही उहे फायेदा में रही... का जी हम कवनों गलत बात नईखी नू क़हत| खैर! अब देखे वाली बात ई भी बिया कि कोरोना के ई साल का प्लान बाटे? ओमिक्रोन खतरनाक साबित होखी कि ना? ई भी आज की तारीख में एगो चर्चा के विषय बन गईल बाटे| अपना देश में अगर केहु चर्चा में बाटे त उ ह नेता... ओकरा बाद जेकर नंबर आवेला उ ह अभिनेता| रउआ गौर कयीले होखब कि भले अमिताभ अउर रेखा बूढ़ा गयील होखस लोग मगर उ लोगन के प्यार के चर्चा आज भी हो जाला

जब से कोरोना आयील बाटे तब से बाउर दिन चालू हो गायील बाटे... मगर हॉस्पिटल के मालिक अउर बड़ बड़ नेता के डॉक्टर भाई लोग के कमाई काफी बढ़ गयील बाटे... इहे डॉक्टर के देख के हमरा दिमाग में ई बात आयील ह कि नेता के करीब पहुंचे होखी| आम आदमी नियन जिये वालन डॉक्टर के कुछ खास फायेदा नईखे भायील| अगर हम गलत कह रहल बानी त रउआ बेहिचक हमरा के ईमेल के जरिये बता सकब| समय जयीसन भी होखे... पईसा पीटे वाला... मज़ा ले ले के पिटिए रहल बाटे| फॉर्मूला इहे बाटे कि सही जगह पर रउआ सही टाइम पर होखे के पड़ी| 

मगर हाँ! खाजा ताबे भेटायी जब रउआ राजा के करीब रहब... अब आज के राजा के ह ई त रउआ सभे जनबे करेनी| त अब आज चलतानी... ठीक से रहब सभे... सी यू नेक्स्ट वीक... तब तक सन्मार्ग पढ़त रहीं जा... आपन काम मन लगा के करत रहीं... ज़िन्दगी में बढ़त रहीं... साल 2022 में धमाका करे के बाटे| चलत चलत अब एगो ज्ञान के बात बता दीं कि... लाइफ में बुराइ भी रहेला भाई लोग, ज़िन्दगी कवनों चाय थोड़ी ही हिय जे हर वक्त निमन ही लागी। साल 2022 के दोसरा “डायरेक्ट भोजपुर से” पढ़ कर कईसन लागल ह हमरा के प्लीज़ बता देब| ए ही के साथ राउर इ रेडियो अउर टीवी वाला डिजिटल दोस्त राकेश कह रहल बाटे टाटा... बाय... बायसलाम!!! नमस्ते!!! वैक्सीन लगाओ हँसते हँसते|


No comments

Powered by Blogger.