2022 / 03 - DIRECT BHOJPUR SE FOR 16th JAN, 2022

शादी कयीला से पहिले ही दुनिया घूम लेवे के चाहीं काहे कि शादी के बाद त समूचा दुनिया ही घूम जाला... 

हमनी के बड़का त्योहार मकर संक्रांत बीत गयील... अब त भईया इहे उम्मीद सभे केहु लगवले बाटे कि ई हवा में घूम रहल संक्रमण भी गायब हो जायी| रउआ भी गौर कयीले होखब कि कहीं आदमी डर के साथ घूम रहल बाटे त कहीं आदमी नीडर होके घूम रहल बाटे... केहु डबल मास्क पहिन रहल बाटे त केहु बिना मास्क के घूम रहल बाटे| पता ना का हो रहल बाटे... दुनिया केने जायी? इहे तरह के बात कहीं भा सवाल हर गली मुहल्ला में घूम रहल बाटेमगर पयीसा पीटे वाला डॉक्टर बंधुगन जम के पयीसा पीट रहल बा लोग| 

आजकल दिन के कवनों टाइम पर घर से निकल के देख लीही जा... दवाखाना में हर पल लोगन के भीड़ बाटे| एने हमार बिजनेसमैन दोस्तन के कहनाम बाटे कि बाज़ार के हाल बड़ा खराब बाटे... हमरा त इहे नयीखे बुझात कि शेयर बाज़ार में जवन उछाल बाटे उ देश के का बतावे चाह रहल बाटे... आज साल 2022 के पहिला महिना के तीसरा एतवार ह... मन बस एक ही आस बाटे कि पिछला दू साल नियन ई साल ना बीते| 

हर देवी देवता से इहे प्रार्थना होखत होखी| हम त भईया आजकल सरकार से एक ही प्रार्थना करे में बिज़ी बानी कि भाई... महंगाई तनिका कम कई द... बाक़ी आम आदमी संभाल लिहि| अब देख लिहि शेयर बाज़ार में अगर सेंसेक्स 60000 के ऊपर रही ओसे हमनी के का... आम आदमी के अगर बात कयील जाव... त टमाटर जब तक 10-12 रुपया प्रति किलो ना बिकायी तब तक दिल के चैन ना आई| पेट्रोल के कीमत के बारे में बात ना कयील ही ठीक बाटे

साल 2022 से उम्मीद भी बहुत बाटे लेकिन चक्कर ई बाटे कि उम्मीद कवना हद तक राखल जाव| एने कहे वाला कह रहल बाटे कि साल 2022 में बेरोज़गारी दुनिया के खूब रोया सकेले... अब सवाल ई बाटे कि भारत के आँसूं आपन मोदी जी कवना हद तक पोंछिहें। भाजपा के कहनाम बाटे कि आपन देश बड़ा तरक्की की ओर बढ़ रहल बाअब कतना तरक्की ई तनी समझे पड़ी| फिलहाल समझ में इहे आ रहल बा कि वोइसे त सब कुछ ठीके बा बस अबकी सर्दी में तनी कमी बा... अब ई जाड़ा हमरे कम लागता कि रउवो अइसने बुझाता... अगर नज़र हम कोलकाता की ओर ले आई त इहे कहब की अबकी जाड़ा के मज़ा पिछला साल नियन ना मिलाल ह| 

मगर पटना अउर रांची में ठंढ के मज़ा मिल गयील ह| पटना के सब्जी बाज़ार हमेशा के नियन अबकिओ जाड़ा के हरियाली देखा दिहलस ह| खैर! जब जवन होखे के बाटे उ त होखबे करी| वोइसे उत्तर प्रदेश में जवन चुनाव होखे वाली बिया ओकर परिणाम का होखी अब एकरे इंतज़ार रही| योगी राज रही की जायी... एकरो प सट्टा होखी| त अब आज चलतानी... ठीक से रहब सभे... सी यू नेक्स्ट वीक... तब तक सन्मार्ग पढ़त रहीं जा... आपन काम मन लगा के करत रहीं... ज़िन्दगी में बढ़त रहीं... साल 2022 में धमाका करे के बाटे

चलत चलत अब एगो ज्ञान के बात बता दीं कि... शादी कयीला से पहिले ही दुनिया घूम लेवे के चाहीं काहे कि शादी के बाद त समूचा दुनिया ही घूम जाला... साल 2022 के तीसरा “डायरेक्ट भोजपुर से” पढ़ कर कईसन लागल ह हमरा के प्लीज़ बता देब| ए ही के साथ राउर इ रेडियो अउर टीवी वाला डिजिटल दोस्त राकेश कह रहल बाटे टाटा... बाय... बायसलाम!!! नमस्ते!!! वैक्सीन लगाओ हँसते हँसते|


No comments

Powered by Blogger.