2022 / 01 - DIRECT BHOJPUR SE FOR 2ND JAN, 2022

केहु अउर से धोखा खाए से निमन इ होखी कि रउआ समोसा भा गोलगप्पा खा लीहीं

साल 2022 के पहिला एतवार ह आज। सभे के आज हम तह ए दिल से कह रहल बानी... हैप्पी न्यू इयर| नया साल मुबारक हो। 2022 सब कर खाती तरक्की ले आवे इहे दुआ कर रहल बानी| नेता होखे भा अभिनेता भा हमरा नियन आम आदमी सभे केहु हेल्दी रहे वेल्दी रहे| चाइना जवन ना कइलस... कि अब का कहीं... दू गो साल कयीसे बीतल ह ई त ऊपर वाला ही बता सकिहें| हमरा खयाल से हर केहु इहे प्रार्थना करत होखी कि इ कोरोना जल्दी से जल्दी ओरा जाओ| ओकर नामो निशान मीट जाओ| जहाँ से उ आयील बाटे उ ओइजे लौट जाए

खैर! फिलहाल दिल कह रहल बाटे कि सर्द मौसम के मज़ा लिहल जाओ। बाज़ार में ताज़ा ताज़ा सब्ज़ी के बहार बाटे। खा भाई लोग अउर खुश रह जा। बंगाल में
के एम सी के चुनाव शांति से हो गायील... खुशी के बात... शहर कोलकाता के मेयर भी 

मिल गायील... इहो खुशी के बात... अब देखे के इ बाटे कि आवे वाला समय में कतना काम होखतिया| रह रह के मन खाली एक ही बात कह रहल बाटे कि चाइना के सत्यानाश कब होखी... शायद एकरे प्रार्थना दुनिया भर में चल रहल बाटे। अचानक हमरा मन में एगो बात उछल रहल बाटे कि अगर चाइना बर्बाद हो जायी त अपना इहाँ के लेफ़्टिस्ट बंधुगन का करिहें जा| ख़ैर! आज के तारीख में भारत के मन में हज़ारों सावल बाटे... हमरा ख़याल से सबसे बड़का सवाल त इहे दिखाई दे रहल बाटे कि साल 2024 अब ढेर दिन दूर नयीखे... का मोदी जी फिर आईहें न अबकी बार योगी सरकार| 

वोइसे प्रधानमंत्री के कुर्सी पर के बइठी इ कहल तनिका मुश्किल ही बाटे| हो सकता कि कुर्सी कवनों महिला के नाम होखे| हमनिके ठहरनी जा आम आदमी... किस्मत के सहारे चलल हमनी के आदत ह| वोइसे इ जाड़ा में रोज़ के नहाला... अइसन निमन आदत केकर केकर बाटे इ पता लगावे के चाहीं| अब रउआ सोचब कि अचानक हम इ नहावे वाली बात कहाँ से लेअईनीह... जे बा से कि कबो कबो एने वोने के बात भी करत रहे के चाहीं... रउआ देखले होखब कि हमनी के केजरीवाल भईया इ सब करेलन

हा! भाई के जानता कि केकरा नसीब में का लिखल बाटे| देखी हंसी मत... आज भी लोग इ बात के मानेलन जा कि जवन घर पर आदमी हंसेला उहे घर जल्दी जल्दी बसेला| इ नया साल में रउआ कवन कवन काम करब एकर लिस्ट बना लीहीं... आ कवन कवन काम ना करब ओकरो एगो लिस्ट बने के चाहीं| अरे! हाँ! हम त भुलाइए गायील रहनी... उत्तर प्रदेश में अबकी केकर सरकार बनी इहो बात पर हमार ध्यान बाटे| योगी जी का खेल देखईहें... एकरे सबके इंतज़ार बाटे

त अब आज चलतानी... ठीक से रहब सभे... सी यू नेक्स्ट वीक... तब तक सन्मार्ग पढ़त रहीं जा... आपन काम मन लगा के करत रहीं... ज़िन्दगी में बढ़त रहीं... साल 2022 में धमाका करे के बाटे| चलत चलत अब एगो ज्ञान के बात बता दीं कि... केहु अउर से धोखा खाए से निमन इ होखी कि रउआ समोसा भा गोलगप्पा खा लीहीं... साल 2022 के पहिला “डायरेक्ट भोजपुर से” पढ़ कर कईसन लागल ह हमरा के प्लीज़ बता देब| ए ही के साथ राउर इ रेडियो अउर टीवी वाला डिजिटल दोस्त राकेश कह रहल बाटे टाटा... बाय... बाय सलाम!!! नमस्ते!!! वैक्सीन लगाओ हँसते हँसते|

No comments

Powered by Blogger.