2022 / 05 - DIRECT BHOJPUR SE FOR 30TH JAN, 2022

DIRECT BHOJPUR SE FOR 30TH JAN, 2022

साल के पहिला महिना चल रहल बाटे... आज पहिला महिना के पांचवा एतवार हप्लान खूब बन रहल होखी कि ई साल कइसे बितावल जाओ... कमाई धंधा के का होखी? ई सोच सब कर दिमाग में होखी| जे भाई उत्तर प्रदेश में रहेलन जा भा उंकर नाता उत्तर प्रदेश से बाटे... उ लोगन के दिमाग अउर दिल दूनो में एक ही बात घुमत होखी कि अबकी बार केकर सरकार बनी| योगी के धूम रही कि अखिलेश के कमाल देखे के मिली इहे देखे के बाटे| वोइसे उत्तर प्रदेश का फैसला सुनाई ई त वक़्त ही बताई मगर अभी से ब्यानबाज़ी शुरू हो गयील बाटे... बी एम डब्लू के नाम से मशहूर बहन मायावती आक्रमण कयील शुरू कई देले बाड़ी

जनवरी के आखरी हफ्ता में सर्दी के मज़ा मिल रहल बाटे, से ज़्यादा ख़ुशी के बात और का हो सकेला। साग - सब्ज़ी तनी सस्ता जाए, मज़ा जाई। खैर! मज़ा त कोंग्रेसी भाई लोगन के तब आई जब राहुल जी आपन शादी के बारे में बात करिहें| रउआ गौर कयीले होखब कि आज कल मोटर साइकिल पर पीछे बइठल 'कुछ - कुछ' लइकी के देख के कबो - कबो अइसन लागेला, जइसे कि विक्रम के ऊपर बेताल चढ़ल होखे। लइकिन के बारे में अब का कहीं, लइकिन सब, सजे सँवरे खाती बिउटी पार्लर जाला लोग, आ मज़े की बात कि ई लोग बिना साज कइले, बिउटी पार्लर भी ना जाला। 

अचानक हमरा मन में एगो ख़याल आईल ह कि जे शादी करे के सोच रहल बाटे उ बात के ध्यान ज़रूर राखे कि उ आपन शादी अपना गर्ल फ्रेंड से ही करे, काहे कि औरन के गर्ल फ्रेंड से त शादी घर वाला भी करवा देला। आज के लेटेस्ट फंडा इहे बाटे कि लइकी और रॉकेट इंसान के कहीं भी ले जा सकतिया। अब लाइफ में रउआ कब का करब ई तनी सोच के करब, काहे कि ज़िन्दगी... राहुल भइया जइसन चाहीं ना की मोदी जी जइसन एकर फ़ैसला रउए करे के पड़ी| 

अब देखी जे इंसान 'ए टी एम' से पइसा निकलला के बाद दू हाली गिनेला, केहु पर भी भरोसा ना करेला। खैर! किस्मत अगर नींद नियन होखित त मज़ा आ जाईत... रोज़ सुबह किस्मत भी जाग जाईत। अब राहुल भइया के किस्मत में का बाटे, ऊपर वाला ही बता सकेलन, कब बियाह करीहें भा केकरा से करीहें अब ई उहे नू जानेलन। 'पी एम' के कुर्सी उनकरा नसीब में बाटे की ना अब ई भला के कह सकेला। हम त फिलहाल इहे कह सकेनी भइया कि जे आदमी ज़मीन पर सुतेला ओकरा पलंग से गिरे के डर कबो ना हो सकेला... ना - ना अब एकर मतलब रउआ ई मत निकाल लेब कि हम बियाह करे से रउआ के डेरा रहल बानी। 

भला हम कइसे डेराइब... आम आदमी के डरावे के ज़िम्मेदारी त आज कल पेट्रोल के कीमत ले लेले बाटे... का हम कुछ गलत कह रहल बानी? ना नू ... चली ख़ुशी के बात। त अब आज चलतानी... ठीक से रहब सभे... सी यू नेक्स्ट वीक... तब तक सन्मार्ग पढ़त रहीं जा... आपन काम मन लगा के करत रहीं... ज़िन्दगी में बढ़त रहीं... साल 2022 में धमाका करे के बाटे

चलत चलत अब एगो ज्ञान के बात बता दीं कि... ज़िंदगी में जब बात खाये के आवे त नमक स्वाद अनुसार होखे के चाहिँ और बात जब अकड़ के आवे त उ अवकात अनुसार होखे के चाहीं... साल 2022 के पाँचवा “डायरेक्ट भोजपुर से” पढ़ कर कईसन लागल ह हमरा के प्लीज़ बता देब| ए ही के साथ राउर इ रेडियो अउर टीवी वाला डिजिटल दोस्त राकेश कह रहल बाटे टाटा... बाय... बायसलाम!!! नमस्ते!!! वैक्सीन लगाओ हँसते हँसते|


No comments

Powered by Blogger.